रउआ लोगन के बतावे में बेहद खुशी अउरी गर्व महसूस होता. हमनी के $12.5M के Series B फंडिंग जुटा लेनी, जेकर नेतृत्त्व Goodwater Capital & Blume Ventures कइले बा— $10M प्राइमरी में, अउर $2.5M सेकेंडरी में, जेसे 42 एंजल इन्वेस्टरन के 3-4x रिटर्न पर एक्ज़िट करे के मौका मिलल.
रउआ लोगन ध्यान दिहिं, ई बात सिर्फ फंड आउरी पइसा के बारे में नइखे. ई तs बस एक ठोस सबूत बा कि भारत के क्षेत्रीय संस्कृति भी चमके के हक़दार बा.हमनि के बतावे में गर्व महसूस होत बा कि ई एगो सपना बा— जहाँ हर आदमी अपने संस्कृति प गर्व महसूस करे.
ध्यान दिहिं, तनि प्यार से
- 1 ऐप बा
- 3 बोली (हरियाणवी, राजस्थानी, भोजपुरी)
- 20 मिलियन माने कि 2 करोड़ लोग एप के इंस्टॉल कइले बाड़े
- 4.4 मिलियन+ पेड यूजर्स बाड़े जे घर में परिवार संगे देखेलन
- 180 करोड़ ARR
हम इहाँ ले कइसे पहुँचलीं? आउर अब कहाँ जाईं? आइए, जाने के बेरा आ गइल बा!
बात बहुत सिंपल बाटे, ५ साल पहिले हमनि आपन शुरुआत कइनी स. गांव-जेवार के बोली और संस्कृति से जुड़ल कहानी रहल. एही वजह बा कि लोगन के प्यार मिलल. आज STAGE 4.4 मिलियन घरन तक पहुँच चुकल बा, जहाँ लोग आपन भाषा, संस्कृति आउर पहचान के “छोट” समझत रहलन. सच कहल जाओ त ई जीत ओही लोग के बा! ई जीत जड़ से जुड़ल लोगन के बा.
आपन बोली आपन भाषा
बहुत दिन से हरियाणवी आउर राजस्थानी कलाकारन से कहल जात रहल— “हिंदी बोलो, इंग्लिश बोलो, तभे नौकरी मिली…” मगर जब कहानी से ओकर जड़ हटा देहल जाला, तs ओहमें प्राण नइखे बचत.
STAGE कलाकारन के अपन असली मंच दिहलस— जहाँ ना माफ़ी माँगे के जरूरत बा, ना समझौता करे के.काहे कि बोली में अपनापन बा.
ई सिरिफ कलाकारन के कहानी नइखे
सोचिं, जे आपन संस्कृति अउरी सभ्यता भूल गइल, ओकरा खातिर स्टेज एक माध्यम बन गइल बा. उदाहरण के तौर पर समझिं… एक नाती जे इंग्लिश, हिंदी आउर दोसर भाषा फर्राटेदार बोलेला… मगर जब अपन दादी से पूछे के चाहेला कि उनकर बचपन कइसे रहल? तs ओकरा पास उहे शब्द नइखे. ओ STAGE पर अपन संस्कृति खोजेला आउर दादी से दिल के कनेक्शन बना लेला.
शेक्सपीयर पढ़ावे वाला भी हरियाणवी गर्व से बोलेलन
भिवानी के एगो प्रोफेसर दिन भर शेक्सपीयर पढ़ावेलन, मगर घरे कहेलन कि बच्चा हरियाणवी भी ओही गर्व से बोले, जइसे इंग्लिश.
यही चुप्पी में क्रांति छुपल बा.ना भारी-भरकम शब्द, ना लेबल, बस कहानी, जे पीढ़ियन के जोड़ के रखे. ध्यान देवे वाला बात याद रखीं, आगे बढ़े के पहिले, अपने जड़न के पहचानल जरूरी बा.
विदेशी बहू के ठेठ मज़ाक से लेके भवानी के साहस तक…
हमार कलाकारन सिर्फ शो नइखन बनावत.ऊ लोग करोड़ों के अपन ताकत देखे के आइना दिहलें. गाँव से ब्रह्मांड, लोकगीत से एंथम, अउर कहानी के महाकाव्य बना देहलस.संस्कृति आउर पहचान, सिरिफ भूतकाल के बारे में नइखे. ई हमनी के असली अस्तित्व ह.
जब नीरज चोपड़ा ओलंपिक्स में जीतलें
तs ऊ सिरिफ मेडल नइखन जीतल, हरियाणा के माटी के गर्व भी ग्लोबल स्टेज पर रखलें.उनकर जीत आउर हमार कहानी एके बात कहेला- संस्कृति बाधा नइखे, ई बुनियाद ह. एही प आगे बढ़ीं, जश्न मनाईं.
अब STAGE भोजपुरी में भी
हरियाणवी अउरी राजस्थानी के बाद हमनी के सफर लगातार बढ़त जात बा. एही क्रांति के आग बढ़ावत, हमनी के STAGE पर हाल ही में भोजपुरी लॉन्च कइनी.साफ तौर पर कहिं त ई सिरिफ “मार्केट एक्सपैंशन” नइखे. ई एक ठो संदेश बा— “हर संस्कृति जरूरी बा.” हमनी धीरे-धीरे आउर भाषा लावत जइब… इमानदारी से, सच्चाई से. ताकि कउनो आदमी अपन संस्कृति से कटल ना महसूस करे.
फंडिंग के बारे में जान
सांच पूछल जाओ त ई बस इंधन ह…हमनि दिल से काम करत बानि जा. हमनि के इच्छा बा कि लोग आपन बोली में गर्व महसूस करे, संस्कृति से जुड़ल रहे. हम फिल्म और वेब सीरीज के जरिए खांटी जनता से जुड़े के कोशिश करत बानि. हमनि सब संस्कृति, बोली, भोजन अउरी इतिहास के जश्न मनावे के एक जरिया बानि जा.
भरोसा अउरी विश्वास के लिए Goodwater Capital, Blume Ventures, Physis Capital, Harsh Shah (Fynd को-फाउंडर), Aayush Phumbhra (Chegg.com फाउंडर) आउर हमार मौजूदा इन्वेस्टर्स TCA, IPV, VCats, Mumbai Angels, आउर सभी एंजल इन्वेस्टर्स के दिल से प्रणाम करत बानि.
ई सिर्फ कहानी ना एगो आंदोलन बा
हमार टीम जे रात के दिन बना देलस. हमार सब्सक्राइबर जे संदेह के विश्वास में बदलेलस. हर उ आदमी जे हम पर भरोसा कइलस— धन्यवाद! ई सिरिफ ग्रोथ के कहानी नइखे…ई एगो आंदोलन ह.
हमेशा कहले रहीं: “कंपनी नइखन, हम क्रांति बानी!”
गर्व करिं, लड़ाई जारी रही
जेकरा कबो “प्रोफेशनल” लगे खातिर अपन बोली छुपावे के परल – आज सीना तान के चलीं.तोहार बोली, तोहार पहचान कमजोरी नइखे— ई तोहार गर्व ह.हम लड़ाई जारी रखब… ई साबित करे खातिर!