Vinay Singhal and Fekan BhaiyaVinay Singhal and Fekan Bhaiya
Spread the love

विनय सिंघल के कहानी अपने आप में किताब बाटे. उहां के संघर्ष प्रेरणा के साथ-साथ मार्गदर्शन भी बाटे. एगो भारतीय उद्यमी हईं, जे डिजिटल कंटेंट अउर रीजनल एंटरटेनमेंट के क्षेत्र में आपन महत्वपूर्ण योगदान देले बानी. उहाँ के हरियाणा के भिवानी जिला के एगो छोट गाँव से आवेलें. उहाँ के परिवार में पहिला आदमी रहलें, जे पढ़ाई कइलें. उहाँ के प्रारंभिक शिक्षा बीआरसीएम पब्लिक स्कूल, ज्ञानकुंज में भइल, आ बाद में एसआरएम यूनिवर्सिटी, कट्टनकुलथुर से पढ़ाई कइलें.

कॉलेज के दौरान, विनय “बदलेगा भारत” नाम के एगो पहल शुरू कइलें, जेकर मकसद सामाजिक बदलाव लावे के रहल. बाद में, उहाँ के एगो फेसबुक पेज शुरू कइलें, जे छह महीना में एक मिलियन फॉलोअर्स जुटा लिहलस. एही सफलता के बाद, उहाँ के “स्टुपिडस्टेशन.कॉम” नाम के वेबसाइट शुरू कइलें, जे गूगल ऐडसेंस के माध्यम से अच्छा खासा कमाई कइलस. एही क्रम में, उहाँ के “विटीफीड” के स्थापना कइलें, जे दुनिया के दुसरका सबसे बड़ा कंटेंट प्लेटफॉर्म बन गइल. 

हालांकि, 2018 में, विटीफीड के अचानक बंद हो गइल, जेकर कारण विनय चार महीना ले डिप्रेशन में रहलें. लेकिन, उहाँ के हार ना मानलें आ 2019 में “स्टेज” नाम के रीजनल ओटीटी प्लेटफॉर्म के शुरुआत कइलें. स्टेज के मकसद भारत के विभिन्न संस्कृतियन के मनोरंजन सामग्री प्रदान करे के बा. आज, स्टेज के हरियाणा आ राजस्थान में 1.7 मिलियन से अधिक पेड मेंबर बा. 

विनय सिंघल के कहानी प्रेरणादायक बा, जे बतावेला कि कइसे कठिनाई आ असफलता के बादो, दृढ़ संकल्प आ मेहनत से सफलता हासिल कइल जा सकत बा.

स्टेज भोजपुरी के भी शुरुआत हो गइल

भइया, गर्दा मचावे खातिर अब स्टेज के भोजपुरी सेक्शन भी स्टार्ट हो गइल. समझ लिहिं की भोजपुरी भाषा ना भावना बा. त बिना देर करे ई इंटरव्यू देखिं और फटाफट भोजपुरी स्टेज डाउनलोड कर लिहिं.

इंटरव्यू देखें खातिर क्लिक करिं

स्टेट एप्लिकेशन डाउनलोड कर खातिर क्लिक करिं

By Author

पत्रकारिता के क्षेत्र में अब 10 साल हो गए हैं. Human और Humor बिट की स्टोरी से काफी लगाव है. दिल से Local हूं और सोच से Global. लिट्टी चोखा से काफी लगाव है. धनबाद का रहने वाला हूं, फिलहाल दिल्ली में रह रहा हूं.

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

You cannot copy content of this page